Monday, June 29, 2015

गरुडा चौक अस्तव्यस्त

राजेशबर पाण्डेय 
गरुडा
मध्यरौतहटके गरुडा चौक अस्तव्यस्त बनल हए । चौकपर जेनही तेनही गाडी पार्किङ करेके आ चौकी, ठेला, छैंटीटोकरी राखके दोकान छानदेबेके प्रवृत्ति बढलासे चौक अस्तव्यस्त बनल हए । गरुडा चौकपर रहल राष्ट्रिय वाणिज्य बैंकके अगाडि सडकपर पीचरोडके चापके दर्जनो मोटरसाइकिल खडा करेके आ मेथुर चौकके दुनुओर ठेलाके साथे चौकीपर विभिन्न किसिमके दोकान राखेके प्रवृत्ति बढलासे गरुडाके मुख्य चौकके पीच सडक बेसी अस्तव्यस्त बनल देखलगेल हए । मेथुर चौकसे उत्तर दुर्गा मन्दिर चौकतक दुनुओर विभिन्न किसिमके दोकान छानेके आ मेथुर चौकसे दखिन दुनुओर मूल दोकानदार सब ही अपना दोकानके सामान लगभग पीचतकले राखेके प्रवृत्ति बढल हए । पीच रोडके साथे दुनुओर बनल नालातकके जमिनके खाली राखेके जगहपर सामान धरेके प्रवृत्तिके विकास होएलापर भी सम्बन्धित निकायके ध्यान नपुगलासे गरुडाके सुन्दर आ सफाके साथे फैली देखेचाहेबाला लोगके मनमे ठेस पहुचल हए । गरुडा उद्योग वाणिज्य संघ, ट्राफिक प्रहरी, नेपाल प्रहरीलगायत नागरिक समाजके ध्यान गरुडाके अइसन समस्याके ओर तत्काल जाएके बुद्धिजीवी सबके कहनाम रहल हए ।

No comments:

Post a Comment